** आइहो दादा **-
-----------------*****-----------------------
ओक्का बोक्का तीन तलोक्का
आइहो दादा आइहो कक्का।।
अइसन होत बा तेज तरक्की
भूलल गोइठा चुल्हा चउकी
फूंका खूब बइठ के हुक्का
आइहो दादा आइहो कक्का।।
मेहरारून क राज बा आयल
घूँघटा अँचरा बा हेरायल
लाज शरम ले गयल उचक्का
आइहो दादा आइहो कक्का।।
बैलगाड़ी एक्का हेरायल
दूनो टँगिया भईल बा घायल
रेलिये के सब देत बा धक्का
आइहो दादा आइहो कक्का।।
देखावे क भइल बेमारी
नर नाचेला बन के नारी
देखते खून जमेला थक्का
आइहो दादा आइहो कक्का।।
चाउमीन मंचूरियन खइलन
समोसा के जीभ बीरउलन
पकल बाल बा लगेल चच्चा
आइहो दादा आइहो कक्का।।
मोबाइल बारूद बनल बा
आगफेंकनी त रोज चलत बा
जाम होत बा दिनवे चक्का
आइहो दादा आइहो कक्का।।
मंदिर मस्जिद ताला लटके
ठेका पर बा भीड़ कचक के
घरवे काशी घरवे मक्का
आइहो दादा आइहो कक्का।।
सब रिसता खइलेबा माहुर
खूनवा बहे जइसे जाउर
बाप बेटा में चलेला मुक्का
आइहो दादा आइहो कक्का।।
ददरी चईता फाग खोजाला
शीला मुन्नी गीत गवाला
बिरजेश भइलन हक्का बक्का
आइहो दादा आइहो कक्का।।
✍️बृजेश कुमार
(स्वरचित एवं मौलिक)
शक्तिपीठ थावे मंदिर गोपालगंज (बिहार)
देश और दुनिया के बारे में 10 अनजान तथ्य
फल और सब्जियों के बारे में 10 अनजान तथ्य
अंडे की सब्जी
विटामिन ई कैप्सूल के फायदे
मानवी शरीर से जुड़े १० रोचक तथ्य
दम गोभी
भारत की सबसे 5 डरावनी जगह
Add DM to Home Screen